तोहरा से जताईऽके प्यार हम बरबाद हो गईनी।
दिलवा मे सजाईऽके प्यार हम बरबाद हो गईनी।
रतियाँ के नीँद गवाँ दिहनी।
दिनवाँ के चैन लुटा दिहनी।
तोहरा चाहत के लालच मे।
आपन घर बार भुला दिहनी।
तोहरा से निभाईऽके प्यार हम बरबाद हो गईनी।
दुश्मन के यार बना लिहलु।
आशिक के साथ दग़ा किहलु।
हमरा अर्थी के फुले से।
दुसरा के सेज सजा दिहलु।
तोहरा पे लुटाईऽके प्यार हम बरबाद हो गईनी।
आपन मोर साथ दगा करलस।
कागज के निअन दिलवा फरलस।
साथी भी हाथ छुडा लिहलन।
दुनियाँ भी हमार दुश्मन बनलस।
दुनियाँ से बचाईऽके प्यार हम बरबाद हो गईनी।
दिलवा मे दर्द जगा दिहलस।
चाहत के जाल बिछा दिहलस।
मौका पइलस तऽ नागिन भी।
आपन औकात देखा दिहलस।
नफरत केऽ बनाईऽके प्यार हम बरबाद हो गईनी।
दिन रात तोहार सपना देखनी।
बस तोहरा बारे मे सोचनी।
अपना भगवान के जइसन हम।
तसवीर तोहार दिल मे रखनी।
सीनवा से लगाईऽके प्यार हम बरबाद हो गईनी।
'शिव'
Powered by Froala Editor
LEAVE A REPLY