सीमा का जवान
सीमवें से आवत बानी
तोहराके ना देखौनी रानी
मनवा में हमरो मलाल बा
रानी हियवे नाहीं जुड़ात बा।
रक्षार्थ साथ जगुआर विमान बा
सीमवें पे मोर मचान बा
माटी के महकिया क मान बा
रानी हियवा नाहीं जुड़ात बा।
उहवों छनकि- छनकि पायल
रही- रही छनकात बा
मोर मनवा मचान पे चढ़िके
तबो त नाहीं सुहात बा।
तोहरा के दिखावे बदे हो
हमरा सपना दिखात बा
सीमवें से आवत बानी रानी
जियरा नाहीं जुडा़त बा।
दुश्मन दूर दराज में ही
माछर जैसे दिखात रहे
सुखी गइली नदियाँ हो
बर्फीला बढल पहाड़ बा।
नान्ह -नान्ह तम्बू लागे
पे स्वभिमान मचान बा
तोहरा के देखावे खातिर
मारो सपना दिखात बा।।
-सुख मंगल सिंह
Powered by Froala Editor
LEAVE A REPLY